कइसे के आईं कान्हा तोहरी सेजरिया से डरवा लागे ना।
हमरो धरके ला करेजवा से डरवा लागे ना।
कल पा परेला सखिया निनिया हेरइली रतिया भूली गइले ना।
मोरा सोरहो सिंगारवा रतिया भूली गइलें ना/कान्हा।
एही रे इरीखवे जमुना डूबी धँसी जइबों से महुरवा खइबों ना।
तेजब आपन हम परानवाँ से महुरवा खइबों ना/कान्हा।
सून भइलें मोर भवनवाँ से परदेसिया भइलें ना/कान्हा।
कहत महेन्दर स्याम मानऽना कहनवाँ से कइसे अइहें ना।
मोरा मांग के सेनूरवा राम से कइसे अइहें ना।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *